बिहार आ यूपी मिला के तीन गो लोकसभा सीट आ बिहार विधानसभा के दू गो सीटन ला भोटिंग शुरू

लखनऊ आ पटना, 11 मार्च (वार्ता) बिहार में लोकसभा के अररिया सीट आ विधानसभा के दू गो सीटन – जहानाबाद आ भभुआ – पर आ यूपी के – गोरखपुर आ फूलपुर – लोकसभा सीटन पर आजु करावल जा रहल भोटिंग सबेरे सात बजो से शुरू हो गइल बा.

इलाहाबाद से खबर मिलत बा कि बूथ पर मतदातन के रूझान बहुते कम लउकत बा. शायदे कहीं लमहर कतार लउकत बा. हँ कतहीं से कवनो खराब खबर सुने के नइखे मिलल. मतदान शुरु होखत घरी एकाध जगहा से इलेक्ट्रानिक वोटिंग मशीन के गड़बड़ी देखे के मिलल जवना के समय रहते ठीक करा लीहल गइल. हँ भभुआ में ऊवीएम का खराबी का चलते देर ला मतदान शुरु ना हो पावल.

फूलपुर से खबर बा कि एक बजे ले करीब 19.2 फीसदी भोट डालल गइल बा. गोरखपुर आ फूलपुर से 11 बजो ले करीब 15 फीसदी भोटिंग के खबर बा.

समाजवादी गोल (सपा) के अध्यक्ष अखिलेश यादव के कहना बा कि यूपी के गोरखपुर आ फूलपुर लोकसभा सीट के उपचुनाव में चउँकावे वाला परिणाम आवे जा रहल बा. त मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि सपा बसपा गठजोड़ भाजपा के विजयरथ के ना रोक पाई.

0 Comments