बिहार के खबर

(बियफे 15 सितम्बर))

  • बेगूसराय के साहेबपुर कमाल थाना इलाका में बियफे भोर में एगो बस पलटला से पांच गो सवारियन के मौत हो गइल आ 12 से बेसी लोग घाहिल हो गइले.
  • नालंदा जिला के नूरसराय में एगो गायब मेहरारू के ना मिलला से नाराज गाँव वालन पर लाठी चार्ज करे का मामिला में तीन गो सिपाहियन के निलंबित कर दिहल गइल बा.
  • पूर्वी चंपारण के मेहसी प्रखंड के सेमरा घाट पर गंडक नदी में नाव पलट गइला से अठाईस लोग डूब के मर गइल. राजेपुर, ममहमदपुर मझौलिया, भुपुरवा, भीमलपुर आ नोनीमल गाँव के पैंतीस लोग इंदिरा आवास के पासबुक लेबे मेहसी जात रहे जब ई दुर्घटना भइल. नाव के मल्लाह समेत सात लोग पँवड़ि के बाहर निकल गइल बाकिर लोग ना निकल पावल.
  • कैमूर जिला के नवासी साल के बूढ़ स्वतंत्रता सेनानी कृष्ण बिहारी लाल के काल्हु निधन हो गइल.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।