बिहार के खबर

(बुध, 5 अक्टूबर)

  • बाढ़ प्रभावित इलाकन में हालात में सुधार अइला के खबर बा. बिहार सरकार बाढ़पीड़ितन खातिर बासठ करोड़ रुपिया आंवटित कइले बिया.
  • मंगल के देर रात बिहार के मुख्यमंत्री रहल रामसुंदर दास के पत्नी सविता देवी के पटना में निधन हो गइल.
  • पूजा सीजन में दिल्ली आ पटना का बीच हफ्तामें तीन दिन एगो स्पेशल ट्रेन चलावल जाई जवना के पहिला फेर आजु से शुरू हो गइल. नौ तारीख आ तेईस अक्टूबर के हावड़ा खातिर स्पेशल ट्रेन चलावल जाई. भागलपुर आ दिल्ली का बीचो स्पेशल ट्रेन सात, चौदह,इक्कीस आ अट्ठाइस अक्टूबर के चलावल जाई.
  • पूर्वी चम्पारण जिला के हरसिद्धी थाना इलाका में बैरियाडीह गाँव के मटकुलुवा घाट पर बुध का फजीरे एगो नाव पलट गइल जवना का बाद तीन लोग डूब के मर गइले. गोविन्दगंज थाना के अरेराज गाँव का लगे एगो वाहन पलटला से दू गो लड़िका कचरा गइले.
  • आकाशवाणी पटना के प्रादेशिक समाचार एकांश में संपादकीय सहयोगी आ रिपोर्टर का पैनल में शामिल करे खातिर आवेदन माँगल गइल बा. आवेदक स्नातक आ कवनो मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय से पत्रकारिता में डिग्री आ डिप्लोमा लिहले होखे के चाहीं. आवेदन के अंतिम तारीख तीस अक्टूबर राखल गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।