बिहार के खबर

(शुक, 11 नवंबर)

  • मधुबनी का लौकहा से कांग्रेस पार्टी रामसुंदर टरैत के आपन उम्मीदवार बनवलसि. राजद के उम्मीदवार मुख्तार अहमद आ जनता दल यू के सतीश कुमार साह रहीहें. नामांकन काल्हु ले दाखिल कइल जा सकेला.
  • रोहतास जिला के विक्रमगंज इलाका में एगो देवर अपना भउजाई के गला रेत दिहलसि. एह हत्या का पाछा अवैध संबंध बतावत बिया पुलिस.
  • बिहार के लोकपाल विधेयक के आलोचना से नाराज मुख्यमंत्री नीतीश कुमार खिसिया के कहलन कि उनुका केहू से सर्टिफिकेट ना चाही. असल में टीम अन्ना बिहार के प्रस्तावित लोकपाल विधेयक के कई मुद्दा पर विरोध कइले बिया.
  • पटना के गांधी मैदान में आजु से ‘राष्ट्रीय पुस्तक मेला’ लागी जवना के उद्घाटन मुख्यमंत्री नीतीश कुमार वीडियो कांफ्रेंसिंग से करीहें.
  • अरेराज बेतिया मेन रोड पर पहाड़पुर का लगे एगो सड़क दुर्घटना में दू जने के मौत हो गइल आ एक जने घवाहिल हो गइलन.
  • रोहतास जिला के सुअरमनवां जंगल से बुध देर रात छह गो नक्सलियन के मुठभेड़ का बाद गिरफ्तार कर लिहल गइल. ओकनी का लगे से चार गो रायफल दू गो पिस्तौल आ भारी मात्रा में हथियार बनावे के सामान बरामद भइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..