बिहार के खबर

(सोमार, 14 नवंबर)

  • सोमार का दिने थल सेनाध्यक्ष जनरल वी.के. सिंह गया में सैन्य अधिकारियन के प्रशिक्षण अकादमी (ओटीए) के औपचारिक उद्घाटन कइलन.
  • स्वर्णिम इतिहास संजोवले सोनपुर मेला पर नयका जमाना के रंग चढ़े लागल बा. अब एह मेला में पशुअन के खरीद बिक्री का अलावा दुकान आ खेल-तमाशा के कार्यक्रम के भरमार हो गइल बा. विदेशियन खातिर ई मेला विशेष आकर्षण के केंद्र बा. अबकी साल मेला में हाथियन के संख्या कम भइल बा त पक्षियन के बाजार गुलजार बा. 2.50 लाख में बिकाए आल हीरा-मोती बैल के जोड़ा आकर्षण के केंद्र में बा. वन संरक्षण अधिनियम लागू भइला से हाथी खरीद-बिक्री पर रोक का चलते अब हाथी “दान में” लिहल दिहल जात बा. कहल जाला कि सोनपुर मेला से मौर्यवंश के संस्थापक चंद्रगुप्त एही मेला से 500 हाथी खरीदके सेल्यूकस के भेंट दिहले रहले. आ एक बेर एही मेला से आखिरी मुगल सम्राट बहादुरशाह जफर एगो सफेद हाथी खरीदले रहले. एक महीना चले वाला एह मेला में एह साल 25 लाख लोग आवे के अंदाज लगावल गइल बा. विदेशी पर्यटकन खातिर 20 गो स्विस कॉटेज बनावल गइल बा.
  • पटना गांधी मैदान में चलत ‘राष्ट्रीय पुस्तक मेला’ में पुस्तक प्रेमियन के महात्मा गांधी आ पूर्व राष्ट्रपति ए़ पी़ ज़े अब्दुल कलाम के लिखल किताब ढेरे मोहत बा.
  • पटना राजगीर आ बोधगया शहरी इलाका के बिजली उपभोक्ता से प्रीमियम चार्ज लेबे के फैसला बिहार सरकार मजबूरी में कइलस. कहलन मुख्यमंत्री नीतीश कुमार. राज्य में बिजली परियोजना में निवेश खातिर पूंजी के इन्तजाम करे के दोसर कवनो राह नइखे बाचल. प्रीमियम चार्ज का एवज में एह शहरन में चौबीस घंटा बिजली दिहल जाई.
  • लौकहा विधानसभा सीट पर उपचुनाव खातिर मिलल सगरी नामांकन पत्र वैध बा. जदयू के सतीश कुमार साह, कांग्रेस के रामसुंदर टरैत, राजद के मुख्तार अहमद, माकपा के सत्यनारायण यादव, सपा के रुपेश कुमार चाँद आ सजदडेमो के तज्ममुल हुसैन समेत चौदह जने मैदान में बाड़न. चुनाव तीस नवम्बर के होखी.
  • रोहतास के डेहरी इलाका से दूगो तस्करन के एक किलो हेरोइन का साथे पकड़ल गइल बा. एगो औरंगाबाद के बरवाडीह के मुन्नीलाल सिंह आ दोसरका सिरिस गाँव के मुन्ना राज हवे.
  • प्रदेश में नौ से बेसी पशु चिकित्सकन के बहाली प्रक्रिया शुरु कर दिहल गइल बा. बीवीएससी डिग्री धारी आ निबंधित पशु चिकित्सक एह खातिर योग्य होइहें. अबही तीन सौ नब्बे पद पर स्थायी बहाली होई आ बाकी पर संविदा चिकित्सक राखल जइहन.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।