बिहार के खबर

(अतवार, 4 दिसंबर)

  • पटना के सुपर 30 के गुरु आनंद कुमार के दुनिया के 20 गो माथ शिक्षकन का सूची में लंदन के प्रतिष्ठित पत्रिका ‘मोनोकल’ शामिल कइले बिया.
  • पूर्वी चम्पारण आ औरंगाबाद जिलन में दू गो अलग अलग हमला में नक्सली उतपाती एगो कंपनी के दू गो मोबाइल टावरन का लगे जेनरेटर रूम आ तकनीकी सिस्टम जरा दिहलन स आ मुजफ्फरपुर जिला के देवरिया थाना इलाका में एगो पैक्स अध्यक्ष आ मुखियापति के गोली मारके मुआ दिहलन स.
  • लौकहा विधानसभा सीट पर जनता दल (युनाइटेड) आपन कब्जा बरकरार राख लिहलसि आ ओकर उम्मीदवार राजद के हरा दिहलन. पंचायतीराज मंत्री रहल हरिप्रसाद साह के निधन का बाद खाली भइल सीट से उनुकर बेटा सतीश कुमार साह विधायक बन गइलन.
  • जहानाबाद के जिलाधिकारी कार्यालय का सोझा पिछला पाँच दिन से एगो औरत एह बाति खातिर अनशन करत बिया कि ओकरा बेटा पतोहु के हत्या करे वाला सिपाही के गिरफ्तार कइल जाव.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।