बिहार के खबर

(शुक, 30 दिसंबर)

  • अपना सेवा यात्रा का क्रम में औरंगाबाद चहुँपल नीतीश कुमार कहलन कि सरकार कई बरीस से लटकल उत्तर कोयल परियोजना फेर से बनावे आ शुरु करे के भरपूर कोशिश करी.
  • कई बरीस से लटकल दुर्गावती जलाशय परियोजना के अब केन्द्रीय वन आ पर्यावरण मंत्रालय से अनापत्ति प्रमाण पत्र मिल गइल बा. लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार कहली कि अब बिहार सरकार के एह योजना के निर्माण के काम जल्दी से पूरा कर देबे के बा. बाबू जगजीवन राम के शिलान्यास कइल एह परियोजना से कैमूर आ रोहतास जिला के तैंतीस हजार हेक्टेयर जमीन के पटवन हो सकी.
  • लूट के माल ह छूट के खा स्टाइल में पश्चिमी चंपारण के गौनाहा प्रखंड में सत्यापन करा के पता चलल बा कि इंदिरा आवास का नाम पर पइसा निकाल के लोग जमीन खरीद लिहल, दोकान खोल लिहल भा कुछ लोग त सीधे सूदी किश्ती में लगा दिहल. अब एह तरह के हर आदमी के नोटिस भेजल गइल बा.
  • छपरा नगर परिषद फैसला लिहले बा कि तेरहवां वित्त आयोग से मिलल धन के इस्तेमाल हर वार्ड में चार चार गो चापाकल गाड़े, एगारह गो भेपर लाइट लगवावे आ सफाई के इंतजाम करावे में कइल जाई.
  • लखीसराय जिला के बड़हिया इलाका में बियफे का रत कुछ अपराधी एगो मंदिर के महंत के हत्या कर दिहले आ मूर्तियन के गहना लेके फरार हो गइले.
  • जापान के प्रधानमंत्री अगिला बेर अपना भारत दौरा पर बिहारो अइहें.
  • गंडक दियारा का आतंक फुलेना के पश्चिम चम्पारण के श्रीनगर इलाका में गैंगवार में मार दिहल गइल बा.
  • कालचक्र पूजा खातिर दू लाख से अधिका बौद्ध बोधगया चहुँपले.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।