बिहार में जल्दिए खुलीहें छह गो निजी विश्वविद्यालय


पटना 09 मार्च (वार्ता). बिहार सरकार आजु कहलसि कि पटना, मधुबनी, बिहारशरीफ, वैशाली, कटिहार, अउर सासाराम में निजी विश्ववद्यालय जल्दिए खोलल जइहें स.

संसदीय कार्यमंत्री का साथही प्रभारी शिक्षा मंत्री श्रवण कुमार विधानसभा में वित्तीय वर्ष 2018-19 ला शिक्षा विभाग के बजट मांग पर भइल चरचा के जवाब देत ई जानकारी दिहलन.

कहलन कि पटना में अमिटी विश्वविद्यालय, मधुबनी में संदीप विश्वविद्यालय, बिहारशरीफ में के.के. विश्वविद्यालय, आ वैशाली में डॉ.सी वी रमण विश्वविद्यालय खोलल जाए के अधिसूचना जारी क दिहल गइल बा जबकि कटिहार में अल-करीम विश्वविद्यालय आ सासाराम में गोपाल नारायण विश्वविद्यालय के स्थापनो जल्दिए होखे जा रहल बा.

श्रवण कुमार कहलन कि आर्यभट्ट ज्ञान विश्वविद्यालय, पटना के तहत चार गो उत्कृष्ट शिक्षण संस्थान खोलल गइल बा. एहनी में सेंटर फॉर जियोग्राफिकल स्टडीज, स्कूल ऑफ जरनलिज्म एंड मास कॉम्युनिकेशन, पाटलिपुत्र स्कूल ऑफ इकोनोमिक्स, अउर सेंटर फॉर रिवर स्टडीज शामिल बाड़ी सँ.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..