बिहार में बाढ़ के हालात खराबे बनल बा

बिहार के कईएक जगहन पर बाढ़ के हालात खराबे बनल बा. गंगा में पानी बढ़ला का चलते मुंगेर में अउरी इलाकन में बाढ़ के पानी पसर गइल बा.
भोजपुर के दौरा कइला का बाद ओहिजा के जिलाधिकारी के कहना बा कि पानी घटला का चलते हालात सुधरल बा. तेरह गो राहत शिविर चलावल जात बा.
बक्सर में गंगा के पानी बढ़ला का चलते ओहिजो पानी पसर गइल बा जहाँ अबले ना चहुँपल रहुवे. आरा बक्सर मेन रोड का दखिनवारा गाँवन में बाढ़ के पानी घुस गइल बा.
एक हफ्ता से अधिका से छपरा पटना हाईवे पर गाड़ियन के आवाजाही बंद बा. भाजपा सांसद राजीव प्रताप रुढ़ी बाढ़ पीड़ित इलाकन के दौरा कइला का बाद राज्य सरकार से पूरा सहायता देबे के माँग कइले बाड़न.
कैमूर जिला के दुर्गावती, कर्मनाशा, सुअरा, कुकरनहिया, कुंदरा आ गेहुअन नदियन वाला इलाका में भारी बरखा का चलते बाढ़ अउरी इलाकन में पसर गंइल बा. हनुमान घाट पर बनल पुल के डुबला से अधौरा प्रखंड के संपर्क टूट गइल बा. भभुआ, मोहनिया आ दुर्गावती प्रखंड के अढ़ाई दर्जन से अधिका गाँवन में बाढ़ के पानी घुस गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।