बिहार सरकार मुंबई में बनावे जा रहल बिया बीस तल्ला राजेन्द्र भवन

बिहार फाउंडेशन मुंबई चैप्टर के प्रवक्ता मनोज सिंह राजपूत बतावत बाड़न कि बिहार सरकार दक्षिण मुंबई में एगो बीस तल्ला राजेन्द्र भवन बनवावे जा रहल बिया. बिहारियन खातिर ई गौरव के विषय बा कि जहां बाकी राज्य सरकारन के भवन मुंबई के केन्द्र से सुदूर जगहन पर बनावल गइल बा ओहिजे बिहार सरकार के ई भवन खास दक्षिण मुंबई में बनावल जाई जवन रेलवे टीसन का नियरे बा जहां से सेंट्रल, वेस्टर्न अउर हार्बर तीनों लाइनन के ट्रेन जाली सँ. एहसे एगो आम बिहारी ओहिजा सहजता से चहुँप सकी.

बिहार सरकार के निवेश आयुक्त कार्यालय में पदस्थापित बिहार सरकार के अवर सचिव कविता कुमारी बतवली कि बिहार सरकार के जवन जवन काम बांद्रा ऑफिस से चल रहल बा ऊ सगरी काम अब एहिजे से होखल करी.

कैबिनेट सेक्रेट्रिएट के संयुक्त सचिव सुमन कुमार जानकारी दीहलन कि एह बीस तल्ला राजेन्द्र भवन में कार्यालय का साथ ही कैंसर मरीजनो के ठहरे के सुविधा दीहल जाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..