बिहार से राज्यसभा चुनाव ला छह गो परचा दाखिल


पटना 12 मार्च (वार्ता). बिहार से राज्यसभा के छह सीटन पर होखे जात चुनाव ला परचा दाखिल करे का आखिरी दिने कुल छहे गो परचा दाखिल हो गइल. दुनु तरफ से तीन तीन जने के परचा दाखिल भइल बा. अगर अउरी केहु आपन परचा दाखिल ना करी त एह छहो लोग के निर्विरौध चुनल मान लीहल जाई. आ एकरे पूरा उमेद लउकत बा.

राजग के मुख्य गोल भाजपा का ओर से केन्द्रीय कानून मंत्री रविशंकर प्रसाद आपन परचा दाखिल कइलें त जनता दल यूनाइटेड कै तरफ से ओकर प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह आ उद्योगपति महेन्द्र प्रसाद सिंह उर्फ किंग महेन्द्र.

दोसरा तरफ चटक चुकल महागठबंधन का ओर से राजद के राष्ट्रीय बोलतुआ मनोज झा आ कटिहार मेडिकल कॉलेज के प्रबंध निदेशक अशफाक करीम आपन आपन परचा दाखिल कइलें त कांग्रेस का ओर से केन्द्रीय मंत्री रहल अखिलेश प्रसाद सिंह. जान जाईं कि अखिलेश के टिकट देबे से अशोक चौधरी कांग्रेस के धिरवले बाड़न कि औह हालत में कांग्रेस टूट जाई. देखल जाव कि का होखत बा. अशोक चौधरी सही साबित होखत बाड़न कि गलत.

0 Comments

Submit a Comment