बेतिया शहर मे सड़क बनावे के काम शुरू

बेतिया शहर के टूटल सड़कन के मरम्मति आ बनावे के काम के शुरूआत अतवार का दिने कालीबाग से बुलाकी सिंह चौक का बीच सड़क बनावे के काम मे शिलान्यास क के कइल गइल. शिलान्यास नगर सभापति जनक साह कइलन. बतवलन कि एह सड़क के बनावे मे अठारह लाख रुपिया से अधिका के खरचा आवे वाला बा. इहो कहलन कि कालीबाग मंदिर मे आवे वाला पर्यटकन के धेयान मे राखत सड़क राजगुरू चौक तकले बनवावल जाई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।