भईयाजी जोशी फेरु बनले आरएसएस के सरकार्यवाह

नागपुर 10 मार्च (वार्ता). पिछला नौ बरीस से संध के सरकार्यवाह रहल सुरेश भईयाजी जोशी के फेरु तीन बरीस ला राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के सरकार्यवाह चुन लीहल गइल बा.

भईयाजी जोशी के चुनाव आजु नागपुर में हो रहल संघ के अखिल भारतीय प्रतिनिधि सभा में भइल. हर साल होखे वाला एह बइठक में पूरा देश से आइल करीब डेढ़ हजार से बेसी प्रतिनिधि हिस्सा ले रहल बाड़ें.

सरकार्यवाह माने जनरल सेक्रेटरी संघ के दैननन्दिन गतिविधियन के संचालन करेलें आ कार्यकाल तीन बरीस के होला जवना के बार बार चुनल जा सकेला. संघ में शुरुआते से चुनाव का जगहा चयन के परिपाटी चलत आइल बा आ आजु ले एकरा के ले के कबो कवनो विवाद नइखे भइल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।