भउजी हो! सड़क छाप आदमी के सवालन के जबाब

भउजी हो!
का बबुआ?

तोहरा के भोजपुरी में एसएमएस भेजला पर जेल ना नू होखी?
काहे बबुआ?

सुननी ह कि सरकार नियम बना दिहले बिया कि मेहरारूवन के भा लड़िकियन के अश्लील एसएमएस भा एमएमएस भेजला पर तीन साल के जेल मिली.
ठीके नू बा. एहमें का दिक्कत बा?

लोग कहेला कि भोजपुरी में अश्लीलता भरल बा. से हम तोहरा के भोजपुरी में चुटपुटिहा भेजीं आ पुलिस पकड़ ले जाव त?
अरे, हम शिकायत करब तब नू.

बाकिर सरकार के एहमें साफ बतावे के चाहत रहे कि अपना मेहरारू, भउजाई, साली भा सरहज के चुटपुटिहा भेजल एह कानून का दायरा में ना आई. दोसरे बसंत पंचमी से फगुआ ले चालीस दिन के छूटो दिहल चाहत रहुवे.
अब ई त कानून मंत्री से पूछीं.

उनुका से का पूछीं! ऊ त साफे कह दिहले बाड़न कि कवनो सड़क छाप आदमी के सवालन के जबाब ना दीहें.
अच्छा आवें दी चुनाव. ढेर दिन नइखे रहि गइल. फेर त बस आमे आदमी के सवालन के जबाब देबे के पड़ी.

ठीक कहतारू भउजी, ओह दिन त हमहूं देखब कि कइसे मैंगो पीपुल से बाचत बाड़न.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..