भगवान बाजार थाना के पीएसआइ अमरजीत कुमार निलंबित

सारण जिला के छपरा भगवान बाजार थाना के पीएसआई अमरजीत कुमार के काल्हु सारण के पुलिस कप्तान सुजीत कुमार निलंबित कर दिहले. एहसे पहिले कई बेर अमरजीत कुमार के चेतावल गइल रहुवे कि आपन रहन सुधार लेसु बाकिर उनुका बेवहार में कवनो बदलाव ना आइल. आखिरकार काल्हु उनुका के अनुशासनहीनता का आरोप में निलंबित कर दिहल गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।