भाजपा के स्टार प्रचारक के इस्तीफा

स्वामी प्रसाद मौर्य के फोटो ट्वीटर प्रोफाइल से

भाजपा के सांसद संघमित्रा मौर्य के पिता आ कबो अपनहूं भाजपा के राज्य सरकार में मंत्री रह चुकल समाजवादी गोल के राष्ट्रीय महासचिव के पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़न.

बहुते लोग के कहना रहुवे कि स्वामी प्रसाद मौर्या भाजपा के भेजल ट्राजन गउवन जिनका के काम दीहल गइल बा समाजवदी गोल के जड़ में मट्ठा डालत रहे के बा. आए दिन उनुकर अइसन अइसन बेहूदा बयान आवत रहुवे जवना के सफाई देबे में समाजवादी गोल के आधिकारिक बोलतुअन के हालत साँप-छछून्दर वाली हो जात रहुवे. अगर मौर्या के बयान के समर्थन करसु त मुसीबत आ विरोध करसु त कइसे. आखिरकार मौर्या समाजवादी गोल के राष्ट्रीय महासचिव रहलन. से बोलतुआ लोग इहे कह के पतरी गली ध लेत रहुवे कि उनुकर बयान उनुकर निजी बयान हवे आ समाजवादी गोल के विचार ना हवे.

एह से मौर्या के लागल कि ऊ आपन जिम्मेदारी बढ़िया से नइखन निभा पावत. से आजु ऊ समाजवादी गोल के राष्ट्रीय महासचिव पद से इस्तीफा भेज दिहलन अखिलेश के. कहलन कि उनुका बुझात नइखे कि कइसे एगो महासचिव के बयान के निजी बता दीहल जात बा आ दोसरा महासचिवन के बयान गोल के आधिकारिक बयान मान लीहल जात बा. कहलन कि एह हालात में अइसन बेकार के पद पर रहला के का फायदा.

मौर्या के इस्तीफा का बाद भाजपा के ठकुआ मार दिहले बा कि अब ई जिम्मेदारी केकरा के दीहल जाव. बाकिर ओकरा इहो तोस बा कि मौर्या गोल से इस्तीफा नइखन दिहले आ कहले बाड़न कि ऊ आपन काम बदस्तूर करत रहिहें, कवनो पद पर रहसु भा ना. अपना बयानन से ऊ हिन्दूवन का मन में समाजवादी गोल का खिलाफ अतना जहर पसार दिहें कि ओकर काटे निकाले में समाजवादी गोल के माथ नेतृत्व हैरान-परेशान रहल करी.

स्वामी प्रसाद मौर्य के कहना बा कि उनुका आवे से पहिले समाजवादी गोल के महज 45 गो विधायक रहलन आ उनुका अइला का बाद ई गिनिती सैकड़ा पार करत 110 विधायकन के हो गइल. अखिलेश यादव के धन्यवाद देत स्वामी प्रसाद मौर्य कहले बाड़न कि विधायकी के चुनाव हरला का बाद उनुका के बिना मंगले विधान परिषद में भेजल गइल आ राष्ट्रीय महासचिवो बना दीहल गइल.

लिखले बाड़न कि उनुका हैरानी त एह बात पर बा कि अखिलेश यादव के दुनु चाचा जे महासचिवो हउवन के बयान समाजवादी गोल के आधिकारिक बयान बन जात बा बाकिर उनुका बयान के निजी बयान बता दीहल जात बा. शायद उनुका लागल होखी कि जरुरे बोलतुअन के अइसनका निर्देश माथे नेतृत्व दिहले होखी. एहसे अइसन बेकार पद पर रहला से का फायदा.

देखल जाव कि एह नुकसान के भरपाई भाजपा कवना तरह से करत बिया. हो सकेला कि अब मौर्या वाला काम कवनो दोसर नेता सम्हार लेव. दिक्कत इहे बा कि काम जोग सगरी नेता लोग पहिलहीं छिटक चुकल बा समाजवादी गोल से.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *