भारत से फ्रांस के संबंधन के नया रफ्तार देबे के जरूरत बतवलें इमैनुएल मैक्रों


नयी दिल्ली, 10 मार्च (वार्ता). भारत से फ्रांस के संबंधन का साथही सामरिक साझेदारी के ‘नया रफ्तार’ देबे के जरूरत रेघरियवलें भारत के यात्रा पर आइल फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों.

आजु एहिजा प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी का साथे शिष्टमंडल स्तर के वार्ता का फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों कहले कि – दुनु देशन के बीच सामरिक भागीदारी बहुते अहम बा.

आजु दुनु नेता का मौजूदगी में रक्षा, शिक्षा आ आव्रजन समेत कई तरह के सहयोग के समझौतन पर दस्तखत कइल गइल.

फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों कहलें कि फ्रांस चाहत बा कि भारत ओकर बड़का सामरिक साझीदार बने काहे कि दुनु देशन के नजरिया एके जइसन बा. अंतरिक्षो का क्षेत्र में दुनु देश के साझा लक्ष्य बा आ दुनु देश सौरो ऊर्जा का क्षेत्र में साथे मिलके काम कइल चाहत बाड़ें.

दुनु देशन के सभ्यता का बीच के संबंधन का बारे प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के कहल बाति के समर्थन करत मैक्रों कहलें कि पर्यटन आ संस्कृतिओ का क्षेत्र में सहयोग बढवला के जरूरत बा. भारत अगिला साल 2020 में फ्रांस में होखे जा रहल पुस्तक मेलो में अतिथि का रूप में शामिल होखी.

मैक्रों कहले कि सौर ऊर्जा का साथही दुनु देश जलवायु परिवर्तन का क्षेत्रो में मिलके काम कर सकेलें. कार्बन उत्सर्जन रोका का दिशाईं डेग बढ़ावलो जरूरी बा. रक्षा आ अउरिओ मामिलन में आपसी सहयोग पर ऊ कहलें कि लमहर समय चले वाली परियोजनन से दुनु पक्ष के फायदा होखी.

मैक्रों इहो कहलें कि फ्रांस दुनिया के शांति ला डाँड़ कस चुकल बा आ भारत अउऱ फ्रांस अंतर्राष्ट्रीय आतंकवाद से लड़े का दिशाईं मिलके काम करीहें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।