भोजपुरी अकादमी खोले के माँग

बनारस हिन्दु विश्वविद्यालय के भोजपुरी अध्ययन केन्द्र के संस्थापक समन्वयक प्रोफेसर सदानंद शाही प्रदेश के मुख्यमंत्री के चिट्ठी भेज माँग कइले बाड़न कि बिहार, दिल्ली, आ मध्यप्रदेश का तरह अब उत्तरो प्रदेश में भोजपुरी अकादमी खोले के चाहीं. लिखले बाड़न कि भोजपुरी आजु देश दुनिया में बड़हन पैमाना पर बोलल जात बिया आ भोजपुरी भाषा, साहित्य, संगीत आ कला का क्षेत्र में बहुते बढ़िया उभार आइल बा. देश में अनेके विश्वविद्यालयन में भोजपुरी भाषा केन्द्र स्थापित भइल बाड़ी सँ. अइसना में उत्तर प्रदेशो के सरकार के चाहीं कि एह राज्य में भोजपुरी अकादमी के स्थापना जल्दी से जल्दी कर दिहल जाव. ई बात समाजवादी आन्दोलन के पुरनिया लोहियो जी का विचार का हिसाब से ठीक रही काहे कि लोहियो जी चाहत रहनी कि लोक भाषा के बढ़ावा दिहल जाव.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..