भोजपुरी आ मैथिली के कवि सम्मेलन

DevKantPandey-AcademyKaviSammelan
दिल्ली सरकार के मैथिली.भोजपुरी अकादमी 11 जनवरी का दिने दिल्‍ली के मंडी हाउस का फिक्‍की सभागार में गणतंत्र दिवस कवि सम्‍मेलन आयोजित कइलस जवना में दिल्ली आ बाहरो से आइल कवि लोग अपना कविता के पाठ कइल.

उद्घाटन दिल्ली सरकार के कला संस्‍कृति एवं भाषा विभाग के सचिव का हाथे भइल आ खास अतिथि रहलन विभागे के विशेष सचिव. अध्‍यक्षता कइलन मैथिली के प्रसिद्ध कवि राम लोचन ठाकुर.

एह मौका पर अकादमी के उपाध्यक्ष अजीत दुबे कहलन कि मैथिली आ भोजपुरी बहिन हईं स आ देश के राजधानी में मैथिली आ भोजपुरी के अइसन भव्‍य कवि सम्‍मेलन के आयोजन गौरव के बात बा. कहलन कि 13वीं लोकसभा में मैथिली भाषा के तब के एनडीए सरकार संवैधानिक मान्‍यता दिहले रहुवे आ आशा कइल जात बा कि फेरू आइल एनडीए के सरकार भोजपुरिओ के संवैधानिक मान्‍यता जरूर दीहि.

एह कवि सम्‍मेलन में मैथिली कवि डॉ॰ बुद्धिनाथ मिश्र, गंगेश गुंजन, निवेदिता झा, शेफालिका वर्मा, मृदुला प्रधान, विजय झा, रवीन्‍द्र लाल दास, उमाकान्‍त, विनीता मलिक, अउर उमेश मंडल आ भोजपुरी कवि देवकान्‍त पाण्‍डेय कुबेरनाथ मिश्र, गुरूचरण सिंह, जौहर शफियावादी, वशिष्‍ठ द्विवेदी, सुभद्रा विरेन्‍द्र, संतोष पटेल, तारकेश्‍वर मिश्र राही, अउर राजेश कुमार माझी आपन कविता पढ़ले.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।