भोजपुरी खातिर धरना प्रदर्शन 14 जुलाई के दिल्ली में
पिछला धरना के फाइल फोटो

भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता आ एकरा के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करावे के माँग ले के “भोजपुरी जन जागरण अभियान” राष्ट्र स्तर पर चलावल जात अपना भोजपुरी भाषा मान्यता आंदोलन का एही 14 जुलाई 2019 का दिने दिल्ली के जंतर मंतर पर एगो बड़हन धरना प्रदर्शन करे के एलान कइले बावे. एह धरना प्रदर्शन के अगुवा रहीहें अभियान के राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल.

बतावत चलीं कि भोजपुरी के संविधान के 8वीं अनुसूची में शामिल करावे ला भोजपुरी भाषा मान्यता आंदोलन आपन “भोजपुरी जन जागरण अभियान” देश भर मे चलावत बा. एकरा साथही साहित्य अउर संस्कृतिओ के सहेजे का काम में लागल बा.

एहसे पहिलहुँ “भोजपुरी जन जागरण अभियान” के बैनर तर 6 अगस्त 2015, 10 दिसम्बर 2015, 21 फ़रवरी 2016 , 8 अगस्त 2016, 15 नवम्बर 2016 ,21 फ़रवरी 2017, 9 अगस्त 2017, 21 फरवरी 2018, अउऱ 7अगस्त 2018 के धरना प्रदर्शन हो चुकल बा. लगातार ज्ञापन अउऱ माँग पत्र प्रधानमंत्री, गृहमंत्री आ दोसरो मंत्री, सांसदन के दिआत आइल बा. कुछ सांसद आ मंत्री समर्थन में आगे आइलो बा बाकिर सरकार आपन मनसा साफ साफ बतावत नइखे.

अब जब 17 वीं लोकसभा के शुरुआत हो गइल बा आ संसद के मानसून सत्र जुलाई में बोलावल गइल बा त एही के धेयान में राखत ई धरना प्रदर्शन राखल गइल बा.

भोजपुरी जन जागरण अभियान के राष्ट्रीय संयोजक राजेश भोजपुरिया भोजपुरी के सगरी संस्थानन, भोजपुरी प्रेमियन, साहित्यकार, पत्रकार, समाजसेवी, गायक कलाकार, रंगकर्मी, राजनेता, आ भोजपुरी से जुड़ल सगरी लोगन से एह धरना प्रदर्शन में शामिल होके भोजपुरी भाषा के आवाज बुलंद करे के गोहार लगवले बाड़न.

इस धरना में छत्तीसगढ़, उत्तरप्रदेश, चम्पारण, मध्यप्रदेश, बिहार, आ झारखंड का अलावा मुम्बई, कोलकाता, असम आ देश के अउरिओ इलाकन से भोजपुरी भाषा भाषी आ प्रतिनिधि शामिल होखिहें.

भोजपुरी भाषा के सम्मान आ हक खातिर बोलावल एह जुटान में सबहीं के गोहारल जात बा. अधिका जानकारी राष्ट्रीय संयोजक राजेश भोजपुरिया से 9031380713 मोबाइल नमबर पर कइल जा सकेला.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।