भोजपुरी दिशा बोध के पत्रिका पाती के जनवरी 2026 वाला अंक

– टीम अंजोरिया

#भोजपुरी-दिशाबोध-के-पत्रिका #पाती #भोजपुरी

भोजपुरी दिशा बोध के पत्रिका पाती के जनवरी 2026 वाला अंक

भोजपुरी दिशा बोध के पत्रिका पाती के जनवरी 2026 वाला अंक (109-110वां) हमरा सोझा बा आ हम सोचत बानी कि कतना सौभाग्य बा कि भोजपुरी के सबसे उमिरदराज पत्रिका देखे-पढ़े के सौभाग्य मिलल. पाती से पहिले बहुते पत्रिका निकलल होखिहें सँ आ ओकरा बादो बहुते. बाकिर भोजपुरी प्रकाशन के जम्हुआ छूअला का बेमारी का चलते कवनो प्रकाशन उमिरगर ना हो पावऽ सँ.

हमरा इहो इयाद पड़त बा कि जब साल 1903 में बलिया में रहला का दौरान आपन खाली समय काटे ला भोजपुरी वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम शुरु करे चलल रहनी त सबसे पहिले पाती के संपादक डॉ अशोक द्विवेदी जी से सम्पर्क सधले रहीं. तब त सम्पर्क ना बन पवले रहल बाकिर जल्दिए उहाँ का मान गइनी कि अंजोरिया एगो प्रतिबद्धता का साथ शुरु भइल बा आ एकरा प्रकाशन का पाछे कवनो दोसर सवारथ नइखे. ना त नाम कमाए के ना दाम कमाए के. आ अंजोरिया डॉटकॉम के द्विवेदी जी के आशीर्वाद मिल गइल. आ आजु ले उहाँ के आशीर्वाद हमरा माथेे मौजूद बा.

अंजोरिया डॉटकॉम के शुरु भइला के वृतान्त कई बेर पहिलहूं बता चुकल बानी एहसे आजु ओकरा के दोहरावे के काम ना करब. बस अतने बतावल चाहत बानी कि अंजोरिया डॉटकॉम का बाद बहुते नया नया वेबसाइट शुरु भइली सँ. भोजपुरी के पहिलका टीवी चैनल महुआ ओही घरी शुरु भइल रहल. भोजपुरी सिनेमा के दुसरका दौर तब अपना परवान पर रहल एहसे भोजपुरी ला एगो रुझान बहुते लोग का मन में बन गइल रहल. गीत गवनई आ कैसेटन के दौर मजगर हो चुकल रहल. हालांकि आजु कवनो समर्पित भोजपुरी टीवी चैनल हमरा जानकारी में नइखे. हँ नेटफ्लिक्स आ दोसर ओटीटी प्लेटफार्मन पर भोजपुरी सिनेमा के दौर चालू बा. भोजपुरी के समरथ का चलते बहुते हिन्दी फिलिमनो में आ हिन्दी टीवी सिरियलो सब में भोजपुरिया अन्दाज आ पुट जम के डालल जा रहल बा.

एह सब का बावजूद अफसोस बा कि भोजपुरी के कवनो समाचार पत्र, भोजपुरी समाचार चैनल लोकप्रिय नइखे बन पावत. भोजपुरियन ला ई लाज के बात होखे के चाहीं कि पैंतीस करोड़ भोजपुरिया समाज में अतना समरथ आ प्रतिबद्धता नइखे कि भोजपुरी के सभका सोझा ले आ सके. देखीं कि ई अफसोस कबो खतम होखत बा कि ना.

हँ त लवटल बानी भोजपुरी दिशाबोध के पत्रिका पाती के जनवरी 2026 वाला अंक पर. एह अंक में सम्पादक डॉ अशोक द्विवेदी जी के पन्ना, लेख, का साथही मौजूद बा डॉ प्रकाश उदय, राजगुप्त, स्व. केदारनाथ सिंह के लिखल सरधांजलि आ संस्मरन, महाशिवरात्रि पर प्रेमशीला शुक्ल जी के सामयिकी, आनन्द सन्धिदूत,, दयाशंकर तिवारी, स्व. शम्भुनाथ उपाध्याय, अनिल औझा नीरद, कमलेश राय, भगवती प्रसाद द्विवेदी, ब्रजभूषण मिश्र, प्रकाश उदय, स्व. गंगा प्रसाद ‘अरुण’, स्व. कन्हैया पाण्डेय, हीरालाल हीरा, शिवजी पाण्डेय रसराज, दिनेश पाण्डेय, मिथिलेश गहमरी, शशि प्रेमदेव, मनोज भावुक, विजय मिश्र, आकृति विज्ञा ‘अर्पण’ गुरुविन्द्र सिंह, हरेश्वर राय, अनवद्य आलोक, इन्द्र कुमार दीक्षित, अशोक कुमार तिवारी, आ औम धीरज के लिखल कवतिन के दू गो खण्ड, डॉ नन्द किशोर तिवारी जी के अनूदित महाकवि ‘भास’ के कर्णभार, कृष्ण कुमार के लिखल महेन्दर मिसिर के जीवनी पर आधारित लेख, सुभाष पाण्डेय संगीत के चिन्तन लोक परब, मीनाधर पाठक, कमलेश, अशोक द्विवेदी, शारदा पाण्डेय, बिम्मी कुंवर सिंह, अयोध्या प्रसाद उपाध्याय, आ रामयश विकल के लिखल कहानियन के खण्ड, किताब चर्चा में भोजपुरी भाव-भूमि पर आखर, भोजपुरी व्याकरणाचार्यन से एगो निहोरा आ कुछ सांस्कृतिक गतिविधियन के चरचा.

हमेशा का तरह पाती पत्रिका के जनवरी 2026 अंक अंजोरया पर अंजोर कर दिहल गइल बा. पढ़ीं, पढ़ाईं आ लोग समाज का बीच साझा करीं.

पाती पत्रिका के ढेरहन पुरनको अंक अंजोरिया पर मिल जाई.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।