भोजपुरी गीत-गवनई के शौकीनन ला मुम्बई से एगो नीमन खबर आइल बा. भोजपुरी में पहिला बेर एगो गज़ल के सीडी टी-सीरीज ‘तस्वीर जिंदगी के’ नाम से जारी कइले बा. मनोज भावुक के लिखल गज़ल के आवाज दिहले बाड़न सरोज सुमन. सरोज सुमन के लोग एगो बढ़िया म्यूजिक डायरेक्टर का तरह जानेला. ऊ एहसे पहिले अनेके हिंदी गज़ल गा चुकल बाड़ें. टी-सीरीजे से रिलीज साईं भजन बहुते लोकप्रिय भइल बा.
अपना एह एलबम क बारे में बतियावत ग़ज़ल गायक सरोज सुमन, जे प्रतिभा-जननी सेवा संस्थान के सांस्कृतिक सचिवो हउवन, के कहना बा कि ऊ देश के हर स्तर पर स्वस्थ बनावल चाहत बाड़ें आ एह ला स्वस्थ मनोरंजनो बहुते जरूरी ह. एही के ध्यान में राखत एह एलबम के बनावे के फैसला कइलन.
मनोज भावुक के एह गज़लन के ऑडियो फार्म में लावे के कॉन्सेप्ट प्रतिभा-जननी सेवा संस्थान के चेयरमैन मनोज सिंह राजपूत के रहल. भोजपुरी संगीत बाजार जाने वालन के कहना बा कि एह एलबम के संगीत जतना दमदार बा ओतना त भोजपुरी फिलोमनो के ना होखे.
एह बारे में अधिका जाने ला आशुतोष कुमार सिंह, नेशनल को-आर्डिनेटर से उनका मोबाइल न॰ 081081100151, आ 9987904006 पर संपर्क साधल जा सकेला.
(आशुतोष कुमार सिंह)
बहुत -बहुत बधाई .
SABSE BADHIYA PRAYAS.
BAHUT BAHUT BADHAAEE.
मनोज जी के कविता एहिजा BhojpuriaTV ke Youtube Channel प भी सुनल जा सकेला
http://www.youtube.com/BhojpuriaTV