भोजपुर जिला में बाढ़ के हालात खराबे बनल बा

भोजपुर जिला में बाढ़ के हालात बिगड़ले जात बा. बियफे का दिने गंगा में पानी खतरा के निशान से बीस सेंटीमीटर उपर चढ़ गइल जवना से नया नया इलाका में बाढ़ के पानी पसरल जात बा. आरा-बक्सर हाईवे पर दू हाथ गहिर पानी बहत बा. शाहपुर प्रखंड में दर्जनो गाँव में बाढ़ के डूबाह पानी भर गइल बा. शाहपुर-करनामेपुर सड़क आ बिहिया चौरास्ता-गौरा पथ पर नाव चलत बाड़ी सं. बक्सर-कोईलवर बन्धा पर बाढ़ के दबाव बढ़ गइल बा जवना से कई जगहा पानी रिसल शुरु हो गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।