भोजपुर जिला में बाढ़ के हालात खराबे बनल बा

भोजपुर जिला में बाढ़ के हालात बिगड़ले जात बा. बियफे का दिने गंगा में पानी खतरा के निशान से बीस सेंटीमीटर उपर चढ़ गइल जवना से नया नया इलाका में बाढ़ के पानी पसरल जात बा. आरा-बक्सर हाईवे पर दू हाथ गहिर पानी बहत बा. शाहपुर प्रखंड में दर्जनो गाँव में बाढ़ के डूबाह पानी भर गइल बा. शाहपुर-करनामेपुर सड़क आ बिहिया चौरास्ता-गौरा पथ पर नाव चलत बाड़ी सं. बक्सर-कोईलवर बन्धा पर बाढ़ के दबाव बढ़ गइल बा जवना से कई जगहा पानी रिसल शुरु हो गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *