'मंगलफेरा' के मिलल दादासाहेब फालके अवार्ड


भोजपुरी समेत गुजराती आ नेपाली भाषा में बनल फिलिम ‘मंगलफेरा’ के दादा साहब फाल्के अवार्ड समारोह में बेस्ट फिल्म के आवार्ड से नवाजल गइल. साथही फिलिम में खास किरदार करे वाला अभिनेता दशरथ राठौड़ के बेहतरीन परफौर्मेन्स का चलते बेस्ट एक्टर आ निर्देशक श्रीधर शेट्टी के बेस्ट प्रोमिसिंग डाइरेक्टर के ख़िताब दिहल गइल.

ई सिनेमा भोजपुरी के पहिलका सुपरनेचुरल फिलिम ह जवन गँवई इलाका में चलन में रहत किंवन्दंतियन के रोचक तरीका से परदा पर परोसी. निर्माता – अभिनेता दशरथ राठौड़ के मुताबिक फिलिम के स्वाद जानबूझ के अइसन राखल बा कि हर भाषा के लोग एह फिलिम से खुद के जोड़ सके. “मंगल फेरा” रीजनल कलेवर के पहिलका फिलिम हियऽ जवना में पैंतालीस मिनट के ग्राफिकल एनीमेशन डालल गइल बा. तकनीकी रूप से मजगर एह फिलिम से रीजनल फ़िलिमन में एगो नया परंपरा जनमी. एह फिलिम से पहिला बेर .ग़ज़ल सम्राट पंकज उधास भोजपुरिया जमात से रूबरू होखीहें.


(स्पेस क्रिएटीव मीडिया)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।