मंगल का दिने ठप रहल बलिया के जिला अस्पताल

विद्यार्थियन के हमला से नाराज बलिया जिला अस्पताल के डाक्टर मंगल का दिने जिला अस्पताल के ओपीडी बंद रखलन बाकिर आपन गैरकानूनी क्लीनिक पर काम करे से ना हटलन. अब दोषी विद्यार्थियन के गिरफ्तारी से अधिका जोर कोतवाल अजय राय के तबादला पर हो गइल बा.
दोसरा तरफ विद्यार्थी नेतो लोग गोलबंदी करे लागल बा आ दोसरो संगठन से समर्थन जुटावे में लागल बा. एह लोग के कहना बा कि अगर विद्यार्थियन पर जोर जबरदस्ती भइल त जिला के कानून व्यवस्था बिगड़ जाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..