मधुबनी पेंटिंग के महान कलाकार महासुन्दरी देवी के निधन

पिछला तीन महीना से बेमार चलत ९२ साल के पद्मश्री महासुन्दरी देवी के निधन बुध का दिने मंगरौनी हार्ट हास्पीटल में हो गइल. बेनीपट्टी के चतरा गाँव में जनमल महासुन्दरी देवी के ससुराल रांटी गाँव में रहल. साल १९७६ में महासुन्दरी देवी के बनावल एगो मधुबनी पेंटिंग बिहार सरकार का ओर से राज्यसभा के उपहार दिहल गइल रहे. एह पेंटिंग में एगो लइकी के जनम से ले के बिआह तकले के कहानी बनावल गइल रहे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।