मलेशिया में शूटिंग कर के वापिस अइले सुदीप आ दिव्या

भोजपुरी फिलिम “पारो पानवाली” के शूटिंग मलेशिया के मनोरम लोकेशनन पर करा के सुदीप पांडे आ दिव्या द्विवेदी लवट आइल लोग. भोजपुरिओ फिलिमन के शूटिंग अब बालीवुड फिलिमन जइसन होखे लागल बा. निर्माता रंजू सिन्हा के एह फिलिम पर भरपूर खरचा होखत बा. निर्देशन करत बाड़े राज वर्मा.

सुदीप पांडे बतवलन कि एह शूटिंग में हेलीकाप्टर आ बोट के जम के इस्तेमाल भइल आ एकदम हिन्दी फिलिमन लेखा एकर शूटिंग करावल गइल बा. तय बा कि देखनिहारन के एह फिलिम से भरपूर आनन्द मिली.


(संजय शर्मा राज)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।