मशरख का स्कूल के जहर कांड में बीमार छात्रन के अस्पताल से छूट्टी मिलल

पिछला सोलह जुलाई के मशरख के धरमसती गंडामन प्राइमरी स्कूल में जहर वाला मिड डे मील खा के बीमार पड़ल छात्रन में से बाइस गो के काल्हु पटना मेडिकल कालेज से छूट्टी दे दिहल गइल. अब दू गो विद्यार्थी आ खाना बनावे वाली महिले अस्पताल में रह गइल बाड़ी. एह घटना में तेइस गो विद्यार्थियन के मौत हो गइल रहुवे. एह घटना का बाद से बिहार में रोजे कहीं ना कहीं खाना मे भा चापाकल में जहर डाले के खबर आवत रहत बा आ सरकार हरान परेशान बिया एह तरह के घटना रोके खातिर.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।