मस्त फगुनवा

– ओ.पी. अमृतांशु

रंग – अबिरवा लेके गुललवा
मस्त फगुनवा आईल बा.
केने बाड़ी पुरूवा रानी
पछेया बउराईल बा.

सरसों फुलाइल, लहराइल बा तीसी,
मटर के ढेंढी देखावे बतीसी,
झपड़-झपड़ गेहूमा के बालवा
कचरी पे लोभाइल बा.

मोजरा से रस झर-झर बरसे,
कोइलर – मैनो के मन हरसे,
फुदुकेले फुद-गुदी चिरईयाँ
गुद-गुद-गुदी समाईल बा .

रंग-बिरंगा चुनरिया रंगाईल,
दिल से दिल के गेंठ जोडा़ईल,
नस-नस में उमंग बा आइल
अंग-अंग हूलसाईल बा.

केने बाड़ी पुरवा रानी
पछेया बउराईल बा.

2 Comments

  1. vinay pandit

    अमृतांशु जी ‘ मस्त फगुनवा ‘ पढ़ के मजा आ गइल.बड़ा निक आ साफ- सुथरा होली के गीत लिक से हट के बा .
    धन्यवाद !

  2. jay prakash

    केने बाड़ी पुरूवा रानी
    पछेया बउराईल बा.’
    बहुत – बहुत अच्छा रचना बा .गावं के इयाद तजा हो गइल.
    धन्यवाद ! ओ. पी.अमृतांशु जी



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।