महिला हॉकी में पहिला बेर पदक जीतलसि भारत के टीम

काल्हु जर्मनी में खेलल गइल जूनियर महिला विश्व कप हॉकी में कांस्य पदक ला खेलल मैच में भारत के टीम इंगलैंड के टीम के तीन बनाम दू गोल से हरा के कांस्य पदक जीत लिहलसि. एह जीत से हॉकी में एगो नया इतिहास लिख दिहलसि टीम काहे कि पहिला बेर विश्व कप जूनियर महिला हॉकी में भारत कवनो पदक जीतलसि. जीत पेनाल्टी शूट आउट मे मिलल नियमित समय में भारत का तरफ से अकेला गोल रानी कइली. एकरा बाद पेनाल्टी शूट आउट में ऊ दू गो गोल कइली आ तिसरका गोल नवनीत कौर कइली. मैच का नियमित समय खतम होखे के बेरा दुनु टीम एक एक गोल का बरोवरी पर रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..