महिला हॉकी में पहिला बेर पदक जीतलसि भारत के टीम

काल्हु जर्मनी में खेलल गइल जूनियर महिला विश्व कप हॉकी में कांस्य पदक ला खेलल मैच में भारत के टीम इंगलैंड के टीम के तीन बनाम दू गोल से हरा के कांस्य पदक जीत लिहलसि. एह जीत से हॉकी में एगो नया इतिहास लिख दिहलसि टीम काहे कि पहिला बेर विश्व कप जूनियर महिला हॉकी में भारत कवनो पदक जीतलसि. जीत पेनाल्टी शूट आउट मे मिलल नियमित समय में भारत का तरफ से अकेला गोल रानी कइली. एकरा बाद पेनाल्टी शूट आउट में ऊ दू गो गोल कइली आ तिसरका गोल नवनीत कौर कइली. मैच का नियमित समय खतम होखे के बेरा दुनु टीम एक एक गोल का बरोवरी पर रहुवे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।