माई के गोदी से बचवा के ले भगलन स

मनियर। बलिया। सतकू बाबा स्थान पर एगो विक्षिप्त मेहरारू के गोदी से ओकर ढाई महीना के लइका के बोलेरो गाड़ी में आइल कुछु आदमी छीनि के ले के भाग गइलन ह स। बतावल जाता कि बुधवार के रात एक बजे चार जने बोलेरो गाड़ी से आइ के झपटि के ओकरा गोदी से लइकवा के ले के भागि गउअन स। लोग बहुते जुटुवे बाकी गाड़ी ना पकड़ि में अउवे। लइकवा के माइ थाना में गउवे त थानेदार डांटि के भगा दीहुवन त उ जिला के अफसरन कीहा शिकायत करे गउए।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।