मानसून सत्र का पहिलके दिने भोजपुरी के चरचा

आजु संसद में सांसदी के किरिया लेबे खातिर खड़ा भइल बिहार के महाराजगंज से जीतल राजद सांसद प्रभुनाथ सिंह भोजपुरी के सवाल उठा दिहलन. किरिया खाए खातिर मिलल पत्रक देखावत प्रभुनाथ सिंह स्पीकर मीरा कुमार से कहलन कि हम त भोजपुरी में मँगले रहीं बाकिर हमरा हिंदी वाला शपथपत्र मिलल बा. फेर कहलन कि रउरो कहले बानी कि भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में रखवावल जाई त काहे नइखीं एकरा के मान्यता दिआवत. स्पीकर मीरा कुमार कुछ ना कहली बाकिर सांसद जता दिहलन कि ऊ भोजपुरी ला सचेष्ट बाड़न. भोजपुरी इलाका के हर सांसद के अइसने रुख राखे के चाहीं.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..