मानसून सत्र का पहिलके दिने भोजपुरी के चरचा

आजु संसद में सांसदी के किरिया लेबे खातिर खड़ा भइल बिहार के महाराजगंज से जीतल राजद सांसद प्रभुनाथ सिंह भोजपुरी के सवाल उठा दिहलन. किरिया खाए खातिर मिलल पत्रक देखावत प्रभुनाथ सिंह स्पीकर मीरा कुमार से कहलन कि हम त भोजपुरी में मँगले रहीं बाकिर हमरा हिंदी वाला शपथपत्र मिलल बा. फेर कहलन कि रउरो कहले बानी कि भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में रखवावल जाई त काहे नइखीं एकरा के मान्यता दिआवत. स्पीकर मीरा कुमार कुछ ना कहली बाकिर सांसद जता दिहलन कि ऊ भोजपुरी ला सचेष्ट बाड़न. भोजपुरी इलाका के हर सांसद के अइसने रुख राखे के चाहीं.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।