‘मायके मत जइयो हमरी जान’ प्रदर्शन खातिर तइयार हो गइल

mai-ke-mat-jaioभगवान राम फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ‘मायके मत जइयो हमरी जान’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.

एकर निर्मात्री वि़द्या सिंह आ निर्देशक राजेश सिंह गौर हउवें. एह पारिवारिक फिलिम के कहानी एगो विधवा मॉं तुलसी के बा जे अपना बेटा किशन (राजेश गौर) के आई पी एस आफिसर बनवाल चाहत बिया. बाकिर किशन हर साल आई पी एस परीक्षा में फेल हो जाता त तुलसी ओकरा के वापस बोला लेत बिया. अपना गाँवे आइल किशन अपना साथे अपना गर्लफ्रेंड पूजा के लिअवले आवत बा. ई लड़िकी ओकरा साथही आई पी एस के तइयारी करत रहल.

तुलसी के जब ई सब मालूम होत बा त ऊ अपना गॉव समाज के देखत गॉवे के एगो लड़िकी आरती से किशन के शादी करा देत बिया. कुछ दिन बाद आरती अपना सास से लड़ झगड़ के अपना नइहर चल जात बिया. एकरा बाद का होखत बा, पूजा कहाँ जात बाड़ी, किशन का करत बा वगैरह सवालन के जवाब फिलिम में बहुते मनोरंजक तरीका से परोसल गइल बा.

एह फिलिम में राजेश गौर, जूली सिंह, कोमल ढिल्लन, मेहनाज, चंचलेश, हरेन्द्र सचन, निखलेश, विनोद, मुकेश वर्मा, कांगरेस, मास्टर ओजस्वी सिंह, बेबी प्रतीक्षा सिंह आ आईटम गर्ल सीमा सिंह के मुख्य किरदार बा. संगीतकार लवली शर्मा, पटकथा-संवाद गीत लेखक अखिलेश पांडे, एक्शनमास्टर रामाकांत मिश्रा, संकलन दिलिप दरक आ कैमरा मैन शिवा चौधरी हउवें.


(समरजीत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।