‘मिटे ना सेनुरवा’ के सगरी गाना रिकार्ड हो गइल

विष्णु प्रिया सेवन आर्ट्स के भोजपुरी फिलिम ‘मिटे ना सेनुरवा’ के गाना के रिकार्डिंग पूरा हो गइल. पिछला दिने मुंबई के स्वरलता स्टूडियो में बाकी बाचल दू गो गाना के संगीतकार एस.आर. राजन रिकार्ड करवलन. सुधाकर शर्मा के लिखल एह गीतन के आवाज मिलल सोमा बनर्जी के. फिल्म के निर्माता भरत रावल, कार्यकारी निर्माता अमुल गोयल आ निर्देशक राजकुमार परदेसी हउवें. कैमरा मैन दीपक दुग्गल अउर निट्ठू इकबाल, संपादक राजेश लाल, फाईट मास्टर छोटू, नृत्य मयंक अशोक, आ आर्ट डायरेक्टर अंजनी तिवारी हउवें. ‘मिटे ना सेनुरवा’ के मुख्य कलाकारन में अखिलेश राय, रेखा सिंह, विजय शेट्ठी, अतुला भारवडेकर, दुर्गा सिंह, अजब सिंह राजपूत, उषा भाटिया, अनिल तरले, राम सिंह, दशरथ कचरावत, सुभाष पाठक अउर जयश्री टी. वगैरह के नाम बा. कल्पना अउर ज्योति एह फिल्म के आइटम गर्ल्स हई.

पुष्पगंधा एंटरटेनमेंट के प्रस्तुति यह फिलिम के कहानी एगो सदाचारी स्त्री पर बा जे निरंतर भक्ति-भावना में लीन रहेले आ अपना दुश्मनन के हमेशा माफ करत रहेले. अब फिल्म के शूटिंग 5 नवम्बर से शुरू होखे वाला बा.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।