‘‘मुन्नी बदनाम भईल सैंया तोहरे खातिर’’ के मुहूर्त भइल

भोजपुरी सिटी प्रस्तुति आ श्री कृष्णा क्रियेशंस कृत मशहूर निर्माता जीतेश दुबे की नयकी भोजपुरी फिलिम ‘‘मुन्नी बदनाम भईल सैंया तोहर खातिर’’ के शानदार मुहूर्त पिछला दिने मुंबई के स्वरलता स्टूडियो में धूमधाम के साथ करावल गइल. एह मौका पर इंदू सोनाली का आवाज में एगो आईटम गीत संगीतकार मधुकर आनंद रिकॉर्ड करवले. निर्मात्री पायल दुबे के एह फिलिम के मुन्नी हई रानी चटर्जी आ सईंया बनल बाड़न दीपक दुबे.

फिल्म के निर्देशन अजय कुमार करीहें जिनकर निर्देशित ‘‘यादव पान भंडार’’ जल्दिये रिलीज होखे वाली बा. फिल्म के गीतकार श्याम देहाती, छायाकार थाबन. के आ कार्यकारी निर्माता सतीश उपाध्याय हउवें.

मुहूर्त के अवसर पर भोजपुरी के कई चर्चित चेहरा जीतेश दुबे आ उनुका युनिट के बधाई देबे चहुँपले जवना में खास रहलें किशन खदरिया, आकाश सुलभ, निलाभ तिवारी, असलम शेख, जगदीश शर्मा, हैरी फर्नाडिज, आनंद गहतराज, अशोक अत्री, विनोद तिवारी, नागेश मिश्रा, शंभु पाण्डेय, अभिनेता बृजेश त्रिपाठी, संजय पाण्डेय, हैदर काजमी, मनोज द्विवेदी, किटटू आ गुंजन पंत.

भोजपुरिया परदा पर धरमवीर, मुन्नी बाई नौटंकीवाली, मार देब गोली केहू ना बोली, जइसन चर्चित फिल्म देबे वाला जीतेश दुबे कहले कि “मुन्नी बदनाम भईल सैंया तोहरे खातिर” एगो कंपलीट मसाला फिल्म होखी जवन दर्शकन के दिल पर राज कर देखाई.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *