मुसलमानन के आवे से रोके प अड़लन ट्रम्प


अमेरिका के राष्ट्रपति आजु सबेरे अपना ट्वीटन से एक बेर फेरु अमेरिका में मुसलमानन के घुसे से रोके खातिर आपन ट्रैवल बैन प अड़ गइलन. कहलन कि अदालत पालितिकली करेक्ट फैसला देबे के कोशिश मत करो. अपना जस्टिसो डिपार्टमेंट के निशाना प लेत ट्रम्प कहलन कि ओकरा असली ट्रैवल बैन वाला दस्तावेज अदालत में पेश करे के चाहीं ना कि ओकरा के कमजोर तरीका से पेश करे वाला वाटर्ड डाउन संस्करण.

ट्रैवल बैन के मामिला अमेरिका के अदालतन में चल रहल बा आ ट्रम्प अब एकरा के अमेरिका के सुप्रीम कोर्ट में ले जाइल चाहत बाड़न. चाहत बाड़न कि अदालत एह प जल्दी से जल्दी आपन फैसला सुनावे. अदालत के पोलिटिकली करेक्ट होखे के कोशिश ना करे के चाहीं.

डोनल्ड ट्रंप के कहना बा कि ऊ चाहत बाड़न कि अमिराका में नीमने लोग आ पावे जेहले कि देश आ देश के लोग सुरक्षित रह पावे. राष्ट्रपति बनला का तुरते बाद ट्रम्प 7 गो मुस्लिम देशन के लोग प राक लगा दीहले रहलन कि ऊ लोग अमेरिका में ना आ पावे. बाकिर हिन्दुस्ताने का तरह अमेरिको में एगो अइसन जमात सक्रिय बा जे देश हित प देसरा बातन के भारी मानेला.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।