मेडिकल प्रवेश परीक्षा रद्द कर दिहलसि सुप्रीम कोर्ट

देश भर के सगरी मेडिकल कॉलेजन में दाखिला खातिर एके इम्तिहान करावे के मेडिकल काउंसिल आफ इंडिया के निर्देश सुप्रीम कोर्ट खारिज कर दिहलसि. कहलसि कि काउन्सिल के अइसनका अधिकारे नइखे. अब सगरी मेडिकल आ डेंटल कॉलेजन के प्रवेश परीक्षा पहिलहीं का तरह अलगा अलगा होखल करी आ हर विद्यार्थी के कई कई गो इम्तिहान में बइठे के पड़ी. कई बेर त अइसनो हो जाला कि एके दिने दू गो इम्तिहान पड़ जाला त मजबूरन एगो ना एगो इम्तिहान छोड़ देबे पड़ेला.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।