’मेरे साजन तेरे कारण’ के पोस्ट प्रोडक्शन काम शुरू

mere-sajan-tere-karanआनंद मीडिया इन्टरटेनमेंट के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ’मेरे साजन तेरे कारण’ के पूरी शूटिंग उत्तर प्रदेश के गौंडा आ फैजाबाद में भइला क बाद अब एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम मुंबई के शकुंतलम स्टूडियो मे् शुरू हो गइल बा.

प्रेम, त्याग आ समर्पण पर बनल एह फिलिम के निर्देशन राजीव राय कइले बाड़न. फिलिम में आठ गो गाना बा. संगीत के.रत्नेश, छायाकंन पवन गुप्ता, फाईट सिंह इज किंग, नृत्य केदार सुब्बा, आ एडिटर विनोद हउवें.

मुख्य कलाकारन में अपूर्वा, रवि राज, अवधेश मिश्रा, मनोज टाइगर, गोपाल राय, पूनम सिंह, अनूप अरोरा, अनामीका पाण्डेय, देव सिंह, अनुराग, महेश, लाखन आ अनूप के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।