मोतिहारी में ना खुली केन्द्रीय विश्वविद्यालय

केन्द्र सरकार अपना जिद्द पर अड़ल बिया आ काल्हु राज्यसभा में केन्द्रीय मानव संसाधन राज्य मंत्री बतवलन कि केन्द्रीय विश्वविद्यालय गया के पंचनपुर में स्थापित कइल जाई. कहलन कि स्थल चयन समिति मोतिहारी के एह लायक ना पवलस काहे कि ९हिजा जरूरी सामाजिक आ भौतिक सुविधा के कमी बा, पंचनपुर के जमीन रक्षा मंत्रालय के ह आ एह जगहा से रेल आ हवाई संपर्क मौजूद बा. इहो कहलन कि एह विश्विद्यालय के स्थापना साल २००९ में कइल जा चुकल बा आ अबहीं पटना के बीआईटी परिसर में चलावल जात बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..