मोतिहारी में ना खुली केन्द्रीय विश्वविद्यालय

केन्द्र सरकार अपना जिद्द पर अड़ल बिया आ काल्हु राज्यसभा में केन्द्रीय मानव संसाधन राज्य मंत्री बतवलन कि केन्द्रीय विश्वविद्यालय गया के पंचनपुर में स्थापित कइल जाई. कहलन कि स्थल चयन समिति मोतिहारी के एह लायक ना पवलस काहे कि ९हिजा जरूरी सामाजिक आ भौतिक सुविधा के कमी बा, पंचनपुर के जमीन रक्षा मंत्रालय के ह आ एह जगहा से रेल आ हवाई संपर्क मौजूद बा. इहो कहलन कि एह विश्विद्यालय के स्थापना साल २००९ में कइल जा चुकल बा आ अबहीं पटना के बीआईटी परिसर में चलावल जात बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।