यूपी के प्रमुख सचिव के हटावल गइल

मुख्यमंत्री के नजदीकी मानल जाये वाला यूपी के प्रमुख सचिव विजय शंकर पांडे के काल्हु उनुका पद से हटा के राजस्व परिषद के सदस्य बना दिहल गइल बा. विजय शंकर पाण्डेय पर करिया धन के कारोबारी हसन अली से संबंध रहे के आरोप बा. विजय शंकर पांडे का साथे साथ उनुका बड़ भाई हरिशंकर पांडे के उद्यान निदेशक से हटा दिहल गइल बा त दोसरका भाई विनय शंकर पांडे के उत्तराखंड सरकार के सेवा में भेज दिहल गइल बा. सरकार का ओर से मंत्रिमण्डलीय सचिव शशांक शेखर सिंह कहले कि अगर करिया धन के कारोबार में विजय शंकर पांडे के नाम आवत बा त ओकरा खातिर उहे व्यक्तिगत रुप से जिम्मेदार होखीहें. सरकार के एह मामिला से कुछुवो लेना देना नइखे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।