रंगा के भूमिका में सिराज भगत

भोजपुरी के जानल मानल निर्माता निर्देशक रामाकांत प्रसाद के फिल्म ‘जानवर’ में रंगा के भूमिका निभावत सिराज भगत रामाकांत के शुक्रिया अदा करत कहलन कि ऊ सिराज के प्रतिभा पहिचनले आ अब ओकरा के दर्शकन से रूबरू करावत बाड़न. सिराज बतवलन कि एह फिल्म में ऊ खतरनाक विलेन के भूमिका में बाड़े. एकरा अलावे सिराज भगत चन्द्र बी वर्मा के फिल्म दलाल, जलेबी बाई, जइसन फिलिमो में खलनायक बन के सामने अइहें.

बिहार के रहे वाला सिराज भगत के पढ़ाई लिखाई दिल्ली में भइल बा. इनका बचपने से भोजपुरी माटी से लगाव रहल बा आ अब फिलिमन का जरिये दर्शकन के मनोरंजन करे जात बाड़न भोजपुरी में.


(दिनेश यादव के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।