‘रखवाला’ के प्रस्तुत करीहन सुजीत तिवारी

सिनेमा भोजपुरी का परदा पर सुपरहिट फिल्म ‘यूपी बिहार बम्बई एक्सप्रेस’ दे चुकल आ हाल ही में प्रदर्शित भइल ‘देवरा पे मनवा डोले’ के प्रस्तुतकर्त्ता सुजीत तिवारी अब मशहूर निर्देशक असलम शेख क होम प्रोडक्शन फिल्म ‘रखवाला’ के प्रस्तुत करीहें. निर्माता इश्तियाक शेख ‘बंटी’-रीतू शर्मा के एह फिल्म में भोजपुरी सुपरस्टार निरहुआ, रिंकु घोष, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय आ ब्रजेश त्रिपाठी के प्रमुख भूमिका बा.

बकौल सुजीत तिवारी ऊ आ उनुकर कम्पनी सी.पी.आई. मुवीज हमेशा से नीमन फिलिमन के सहयोग देत आइल बा. रखवाला भोजपुरी में बनल एगो बेहतरीन फिल्म होखी. सुजीत तिवारी-सी.पी.आई. मुवीज निरहुआ के ‘एक बिहारी सब पे भारी’ अउर ‘गुलाम’ फिलिमो के प्रस्तुत करत बाड़ें.


(प्रशांत निशान्त के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।