खेसारीलाल के लाजवाब रिकार्ड
-

भोजपुरी सुपरस्टार खेसारीलाल यादव एगो लाजवाब रिकार्ड बनवले बाड़न. उनुकर लगातार दू गो फिलिम सफलता का साथे पचासवाँ दिन मनवले बाड़ी सँ. खेसारी क पहिलका फिलिम ‘साजन चले ससुराल’ बिहार के आधा दर्जन सिनेमाघरन में पचास दिन मनवले रहुवे आ अब उनुकर दोसरको फिलिम ‘जान तेरे नाम’ बिहार के सात गो सिनेमाघरन में लगातार पचास दिन सफलता से चले के रिकार्ड बनवले बिया. एह लाजवाब रिकार्ड से खेसारीलाल उछाह में बाड़न. खेसारी अभिनीत आ आलोक कुमार के बनावल ‘देवरा पे मनवा डोले’ फिलिमवो एह घरी बिहार में धूम मचवले बिया.


(प्रशांत निशान्त के रपट)

1 Comment

  1. jai singhania

    kesari bhai hamni ke tuhar show bahut achcha lagela … hamani ke ummid ba ki tu yahi tare age barat raha………..

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts