रविकिशन एगो खतरनाक स्टंट करत कुर्सैला पुल से कूद गइलन

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन के हजारो फैन ओह समय दाँते अंगुरी दबा लिहलन जब देखलन कि ओह लोग के चहेता कलाकार रविकिशन बिना कवनो सुरक्षा केबल वायर के कटिहार के कुर्सेला पुल से नीचे कूद गइलन. निर्देशक मनीष वात्सल्य आ निर्मात्री अपर्णा होसिंग के फिल्म “जीना है तो ठोक डाल” के शूटिंग करत आखिरी दिने रहे हैं . शूटिंग के आखिरी दिन कटिहार जिला के कुर्सेला पुल से एगो एक्शन सीन खातिर रविकिशन, मनीष वात्सल्य आ राहुल ( थ्री इडियट के मिलीमीटर ) के ट्रेन के आवते पुल से कूदे के रहुवे. आम तौर पर एह तरह के सीन डुप्लीकेट पर फिल्मावल जाला आ सुरक्षा केबल के सहारा लिहल जाला. लेकिन हजारो लोग के भीड़ से उत्साहित रवि किशन एह स्टंट सीन के खुदे करे के फैसला कर लिहलन निर्माता – निर्देशक के मना कइला का बावजूद.

नीचे हजारो लोग हर हर महादेव के जयकारा लगावत रविकिशन के उत्साह बढ़ावत रहुवे आ ट्रेन आवते ऊ लोग पुल पर से छलांग लगा दिहल. बाद में रवि किशन बतवलन कि पहिले उनुका ऊँचाई से डर लागत रहुवे बाकिर हिन्दी फिल्म “लक” के शूटिंग में दस हजार फीट के ऊंचाई से पेराशूट के सहारे कूदला का बाद उनुकर डर खतम हो गइल.

बहरहाल रविकिशन के कारनामा उनुका के रियल हीरो बना दिहलसि.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।