भोजपुरिया सिनेमा में आइल एगो नया नायक रवि केसरी
-

सिनेमा भोजपुरिया में नया नायक का रूप में आइल रवि केसरी अपना पारी के शुरूआत अनामिका फिल्मस प्रस्तुति आ अरूण कुमार मंडल के बनावल फिल्म ‘बड़का-छोटका’ से करीहे. एह फिल्म में रवि छोटका बनल बाड़े. रवि केसरी एह बारे में बतवलन कि सबही जानेला कि छोटका दुलरूआ होखला चलते बहुते शरारत करेला. उनुकरो रोल कुछ अइसने बा. कहलन कि पूरा फिल्म कॉमेडी बेस्ड लव स्टोरी हवे जवना में रवि अपना शरारती अंदाज से सभके खूबे हँसइहे.

एहसे पहिले रवि केसरी सौ से अधिका एलबमन में अभिनय कर चुकल बाड़े. एहमें से बेसी एलबम टी. सीरीज कंपनी के बैनर के हवे. एही कंपनी के बैनर तले आल्हा-रूदल के कहानी पर बनल एलबम ‘भैसा नथाई’ में रवि बतौर नायक काम कइले बाड़न. एकरा अलावे अनेके डिजिटल फिलिमो में रवि नायक बन चुकल बाड़े.

रवि केसरी के कहना बा कि बड़का-छोटका में उनुकर रोल मदर इंडिया में सुनील दत्त के किरदार के याद करा दी काहे कि दुनु किरदार के समानता बचपन आ शरारतीपन में बावे.


(रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts