रवि किशन के मेराथन पारी

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन अपना अभिनय आ काम का प्रति अपना ईमानदारी आ लगन खातिर जानल जाले. हालही में तनु वेड्स मनु जइसन सफल फिल्म बना चुकल विनोद बच्चन के अगिला फिलिम जिला गाज़ियवाद के शूटिंग मुंबई से लगभग पांच सौ किलोमीटर दूर पंचगनी में पूरा कर के सड़क मार्ग से सीधे मुंबई चँहुपलन आ बिना घरे गइले अगिला महीना रिलीज होखे जा रहल भोजपुरी फिल्म पियवा बड़ा सतावेला के डबिंग पूरा कइलन फेर सैफ अली खान के होम प्रोडक्शन फिल्म एजेंट विनोद के शूटिंग फिल्म सिटी में करके वापिस पंचगनी रवाना हो गइलन आ नियत समय पर फेर से जिला गाजियावाद के शूटिंग खातिर मौजूद हो गइलन. एह ३६ घंटा में से पंद्रह घंटा सफ़र में आ बाकी समय शूटिंग आ डबिंग में लगवलन.

रवि किशन कहेले कि कलाकार का समय पर पहला अधिकार ओकरा निर्माता निर्देशकों के होला जे कलाकारन पर ढेरे पइसा लगवले रहले. एहसे कलाकारो के चाहीं कि ऊ उनुकर काम समय पर पूरा करा देसु जेहसे ओह लोग के नुकसान ना उठावे के पड़े.


(स्रोत : उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।