रवि किशन तिकड़ी जमवलें

भोजपुरी फिलिमन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के हालिया रिलीज़ “पियवा बड़ा सतावेला” बिहार में रिकोर्ड बनावे का राह पर बढ़ल जात बा. छठ के अवसर पर बिहार में रिलीज़ भइल एह फिलिम के जबरदस्त शुरुआत का साथही रवि किशन एह साल अपना सफल फिलिमन के तिकड़ी जमा लिहलें.

एह साल २६ जनवरी के रिलीज़ भइल उनुकर फिल्म “रामपुर के लक्ष्मण” का बाद उनकर अगिला फिल्म रहल “संतान” नौ सितम्बर के आ “फौलाद” सोलह सितम्बर के रिलिज भइल. “संतान” पारिवारिक फिल्म रहल त “फौलाद” मसाला फिल्म, आ दुनु के दर्शक बहुते पसंद कइलन. अब २ नवम्बर के रिलीज़ भइल “पियवा बड़ा सतावेला” के शुरुवात पिछला दुनु फिलिमन से बढ़िया बतावल जात बा.

पिछलको साल सबसे बड़हन हिट फिल्म “देवरा बड़ा सतावेला” में भी रवि किशन आ रानी चटर्जी के जोड़ी रहुवे. अब “पियवा बड़ा सतावेला” फिल्मो में ऊहे जोड़ी बा आ कहल जात बा कि एहू फिल्म के वइसने सफलता मिले जा रहल बा. बहरहाल “पियवा बड़ा सतावेला” के मिलल जबरदस्त शुरुवात से भोजपुरी फिल्म जगत में ख़ुशी के माहौल बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।