राजद अपना राज्यसभा उम्मीदवारन के नाम बतवलसि


पटना 11 मार्च (वार्ता). राज्यसभा चुनाव में राजद बिहार से अपना गोल के दू गो उमीदवारन के नाम आजु जारी क दिहलसि.

राजद के प्रदेश अध्यक्ष रामचन्द्र पूर्वे राष्ट्रीय महासचिव भोला यादव का मौजूदगी में एहिजा राजद के प्रदेश कार्यालय में संवाददाता सम्मेलन बोला के कहलन कि राजद गोल के राष्ट्रीय अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव राष्ट्रीय प्रवक्ता आ दिल्ली विश्वविद्यालय के प्रोफेसर मनोज कुमार झा अउर कटिहार मेडिकल कॉलेज के प्रबंध निदेशक मोहम्मद असफाक करीम के राज्यसभा के उम्मीदवार चुनले बाड़ें.
दुनु जने काल्हु निर्वाची पदाधिकारी सह बिहार विधानसभा के सचिव रामश्रेष्ठ राय का सोझा आपन आपन परचा दाखिल करीहें.

जान जाईं कि बिहार से राज्यसभा के छह सीटन ला चुनाव होखे वाला बा बाकिर अबहीं ले कवनो उमीदवार आपन परचा दाखिल नइखन कइलें. काल्हु परचा दाखिल करे के आखिरी दिन ह आ काल्हुए आपाधापी रही परचा दाखिल करे के.

बिहार से जदयू के बड़का नेता वशिष्ठ नारायण सिंह, महेंद्र प्रसाद, अनिल सहनी, भाजपा के धर्मेन्द्र प्रधान आ रविशंकर प्रसाद के कार्यकाल 02 अप्रैल का दिने पूरा होखत बा आ जदयू के अली अनवर के सदस्यता रद्द भइला का चलते कुल छह सीत पर चुनाव करावल जा रहल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।