राजनीति का कोख से उपजल अपराधन के पड़ताल करी 'नसीब' फिलिम

डायरेक्टर रवि कश्यप अपना फिलिमन में हमेशा सामाजिक सरोकारन के बहुते गहिराई आ संवेदनशील तरीका से पेश करत आइल बाड़. अब अपना अगिला फिलिम ‘नसीब’ में देखावे का तइयारी में बाड़न कि कइसे नेतवा आपन मकसद पूरावे खातिर बेरोजगार नवहियन के अपना जाल में फँसावेले. ज़माना के दउड़ पीछे छूटत एह नवहियन के सुनहुला भविष्य के सपना देखावत ओकनी के अपराध के अन्हार गलियन में ठेल देबेलें. आ अपना सपना का पाछा भागत ऊ नवही एक दिन समाज खातिर नासूर बन जाला.

इहे फलसफा बावे फिल्म ‘नसीब’ में. एकर नायल बाड़े युवा दिल के धड़कन अभिनेता मनोज पाण्डेय. स्टेफर्ड्स प्रोडक्शन नेटवर्क (एस.पी.एन.) का बैनर तले बनत प्रोड्यूसर सेविओ फर्नांडिस अउर अनीता कश्यप के एह फिल्म में मनोज पाण्डेय का साथे स्मृति सिन्हा, ख़ुशी गुप्ता, बाल गोविन्द बंजारा अउर रामसुजान सिंह के अहम भूमिका बावे. देखे लायक रही कि रोचक अंदाज में आपन बाति कहे में माहिर डायरेक्टर रवि कश्यप एह फिल्म के संदेश कवना तरह नबहियन लायक बनावत बाड़े.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।