राज्य भर में भयंकर गर्मी पड़त बा

पूरा राज्य में मानसून के आवे में देरी का चलते भयंकर गरमी पड़त बा आ कई गो जिलन के प्रशासन स्कूलन के गरमी के छुट्टी एक हफ्ता बढ़ा देबे के आदेश दिहले बा. अमूमन हर साल जून का आखिर में मानसून के बरखा शुरु हो जाले बाकिर अबकी अइसन नइखे भइल, ओने राज्य सरकार के कहना बा कि मायावती सरकार का दौरान बनल पार्कन का चलते लखनऊ के तापमान चार डिग्री बढ़ गइल बा. अब जवन पार्क बनावल जाई तवना मे भरपूर हरियाली राखल जाई जेहसे कि पर्यावरण पर उल्टा असर मत पड़े.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।